Friday, March 18, 2022

भोजपुरी कविता | बापू | कलक्टर सिंह ' केसरी ' | PoemNagari

प्रस्तुत कविता कलक्टर सिंह 'केसरी' जी द्वारा लिखित है ,
प्यारे मित्रों,
सारी दुनिया में सत्य और अहिंसा के जोत जगाने वाले हमारे प्यारे बापू , हमारे राष्ट्रपिता , सचमुच ही एक असामान्य व्यक्तित्व के धनी थे । आज मैं कलक्टर सिंह ‘केसरी’ जी की कविता' बापू ' को सुनेंगे जा रहा हूं जो भोजपुरी भाषा में बहुत ही सुन्दर ढंग से लिखी गई है ।

कइसे मानीं हम जोत चान-सूरुज के उतरल माटी में ?
कइसे मानीं भगवान समा गइलन मानुस के काठी में ?
जर गइल फिरंगिनि के लंका, बाजलि आजादी के डंका,
अइसन अगिया बैताल जगवलन कइसे एक लुकाठी में ?

कइसे मानी हम बापू के परगास नजर से दूर भइल ?
अबहूँ बाड़न ऊ आसमान के चमचमात जोन्हीं अइसन !
जे भूल गइल बापू के उनका खातिर घुप्प अन्हरिया बा।
जे उनुकर नीति निबहले बा उनुका खातिर दुपहरिया बा।

जेकरा भीतर के आँख रही, ऊ बापू के अबहूँ देखी।
जे आन्हर बा उनुका खातिर त परबत बनल देहरिया बा।
हम समुझत बानीं मौत खेल ह, एगो आँखमिचौनी सन।
बापू रहलन इंसान बात ई लागत अनहोनी अइसन।

No comments:

Post a Comment

जो जीवन ना बन सका ! || That Could Not Be Life ! || PoemNagari || Hindi Kavita

कविता का शीर्षक - जो जीवन ना बन सका ! Title Of Poem - That Could Not Be Life ! खोखले शब्द  जो जीवन ना बन सके बस छाया या  उस जैसा कुछ बनके  ख...